महराजगंज: अब दुकानन में घरेलू गैस के इस्तेमाल पर लागी रोक
महराजगंज जिला के छोट व्यापारी आ दुकानदारन खातिर पेट्रोलियम कंपनियाँ नया विकल्प ले के आ गईल बाड़ी। अब दुकानन में घरेलू गैस सिलेंडर के इस्तेमाल रोके खातिर पांच आ दस किलो के कंपोजिट सिलेंडर बाजार में उतारल गइल बा।
महराजगंज जिला के तमाम छोट-मोठ दुकानन आ होटल-ढाबा चालकरन खातिर जरूरी खबर बा। पेट्रोलियम कंपनियाँ अब व्यावसायिक उपयोग के बढ़ावा देवे आ घरेलू गैस के दुरुपयोग रोके खातिर नया पहल कइले बाड़ी, जवना के तहत बाजार में छोट साइज के सिलेंडर उपलब्ध करावल गइल बा।
आमतौर पर देखल जात रहे कि छोट दुकानदार छोट-मोटा काम खातिर घरेलू गैस सिलेंडर के इस्तेमाल करत रहस, जवन नियम के खिलाफ ह। एही समस्या के हल निकालत पेट्रोलियम कंपनियन द्वारा पाँच किलो आ दस किलो क्षमता वाला कंपोजिट सिलेंडर बाजार में उतारल गइल बा।
इ नया कंपोजिट सिलेंडर हल्का होखे के साथ-साथ इस्तेमाल करे में भी काफी सुरक्षित बा। छोट कारोबारियों खातिर इ बहुत सुविधाजनक साबित होई, काहेंकि अब उ लोग आसानी से इ छोट सिलेंडर के किन के आपन कारोबार चला सकत बाड़न।
प्रशासन आ पेट्रोलियम विभाग के इ कोशिश बा कि घरेलू गैस के कमर्शियल इस्तेमाल पर पूरी तरह ब्रेक लाग सके। जवना से रसोई गैस के सही हकदार लोगन तक आपूर्ति सुनिश्चित हो सके आ नियम के उल्लंघन न होखे।
महराजगंज के दुकानदारन से अपील कइल गइल बा कि उ लोग घरेलू सिलेंडर के इस्तेमाल छोड़ के एही नया पांच आ दस किलो वाला कंपोजिट सिलेंडर के अपनावे, ताकि कानूनी कार्रवाई से बचल जा सके।