गाजीपुर के करमपुर खेल नर्सरी के कमाल, आठ गो खिलाड़ी बनल यूपी पुलिस में दरोगा आ सिपाही
गाजीपुर जिला के करमपुर स्थित मेघबरन सिंह स्टेडियम आ पीजी कॉलेज के खेल नर्सरी के आठ गोन खिलाड़ी के उत्तर प्रदेश पुलिस में चयन भइल बा। एह चयन में तीन गो उपनिरीक्षक आ पाँच गो आरक्षी बनल बाड़न, जवना से पूरा इलाका में खुशी के लहर बा।
गाजीपुर जिला खातिर एगो बहुत बड़ गर्व के बात सामने आएल बा, जहाँ करमपुर के प्रसिद्ध मेघबरन सिंह स्टेडियम आ मेघबरन सिंह पीजी कॉलेज के खेल नर्सरी के आठ गोन प्रतिभावान खिलाड़ी यूपी पुलिस में चयनित भइल बाड़न।
इहाँ के खेल नर्सरी हमेशा से खेलकूद आ प्रतिभा खातिर जानल जाला, आ इहाँ के खिलाड़ी फेरु से एक बेर जिला के नाम रोशन कइले बाड़न। चयन प्रक्रिया के बाद जे फाइनल लिस्ट आइल ओहिजा इननी लोगन के सफलता पर मुहर लाग गइल।
चयनित भइल खिलाड़ी लोगन में तीन गोन युवा उपनिरीक्षक (एसआई) के पद पर आ पाँच गोन आरक्षी (कांस्टेबल) के पद पर बाजी मारले बाड़न। एतना बड़ संख्या में एकही संस्थान से चयन होखब खेल नर्सरी के बेहतर प्रशिक्षण के गवाही देता।
एह सफलता के मिलतहीं पूरा करमपुर गाँव सहित गाजीपुर भर में खुशी के माहौल बन गइल बा। खेल प्रेमियों आ स्थानीय लोगन द्वारा खेल नर्सरी के संचालक मंडल आ प्रशिक्षकन के भरपेट सराहना कइल जा रहल बा।
नया पुलिसकर्मी बनल इहाँ के खिलाड़ी लोगन के भविष्य उज्जवल देखाई देत बा आ ओनी लोगन के सफलता गाजीपुर के अउरी नौजवानन खातिर प्रेरणा के स्रोत बन गइल बा।